हमरा देसवा के सान ई बिहार बा

bihar-wallpaper-15th-august

बिहार बा  बिहार बा बिहार बा
हमरा  देसवा  के  सान  ई बिहार बा
गौतम -महावीर  ईहे  माटी  पे  जनमले
बाबू  कुंवर  सिंह जौहर  दिखैले
माती  खातिर  ईहवा  त  परनवा नीछार  बा
बिहार बा

हमरा   देसवा  के  सान  ई बिहार बा
राजिंदर  बाबू  के  भूमि  ई  महान  बा
मंडन मिसर  जी  के  ईहे  इस्थान  बा
रेनू  आउर  दिनकर  के  गीत  के बिहार बा
बिहार बा

हमरा   देसवा  के  सान  ई बिहार बा
गंगा  मैया  ईहें  कल -कल  बहेली
पाटन  देवी  – पूरण  देवी  इहवे  समैली
देवता -देवी  के  इहवे  दुआर  बा
बिहार बा

हमरा   देसवा  के  सान  ई बिहार बा
भोजपुरी -मैथिली  मीठ  मीठ  बोली  बा
मगही -भागलपुरी  के  भी  इहाँ  तोल बा
अलग -अलग  बोली  पर  आपस  में  प्यार  बा
बिहार बा
हमरा   देसवा  के  सान  ई बिहार बा

~रश्मि  ओझा

Krishna Kumar
The state of Bihar has given a lot to the history of humanity but in recent past we had given child labour, women harresment, theft, murder and corruption. I am here to raise the voice.!

Comments

comments