बिहार बा बिहार बा बिहार बा
हमरा देसवा के सान ई बिहार बा
गौतम -महावीर ईहे माटी पे जनमले
बाबू कुंवर सिंह जौहर दिखैले
माती खातिर ईहवा त परनवा नीछार बा
बिहार बा
हमरा देसवा के सान ई बिहार बा
राजिंदर बाबू के भूमि ई महान बा
मंडन मिसर जी के ईहे इस्थान बा
रेनू आउर दिनकर के गीत के बहार बा
बिहार बा
हमरा देसवा के सान ई बिहार बा
गंगा मैया ईहें कल -कल बहेली
पाटन देवी – पूरण देवी इहवे समैली
देवता -देवी के इहवे दुआर बा
बिहार बा
हमरा देसवा के सान ई बिहार बा
भोजपुरी -मैथिली मीठ मीठ बोली बा
मगही -भागलपुरी के भी इहाँ तोल बा
अलग -अलग बोली पर आपस में प्यार बा
बिहार बा
हमरा देसवा के सान ई बिहार बा