जोगीरा सारा रारा..!

holi-rang-wallpapers-images-hd

बुरा न मानो होली है होली की मुबारकबाद के साथ-साथ पेश हैं भोजपुरी में कुछ जोगीरा

जोगीरा सारा रारा

—————————
राजनीतिक जोगीरा……
अड़ही देखलीं गड़ही देखलीं, देखलीं सब रंगरूट
बड़ा नसीब साहेब के देखलीं बेंचत आपन सूट…..जोगिरा सारा..रारा।

जल जमीन जंगल के खातिर अध्यादेशी रूट
संसद बइठ बात पगुरावे साहेब बेचे सूट…..जोगीरा सारा..रारा..।

भइंस बियाइल पाड़ी पड़रू गाय बियाइल बाछा
भइल बिकसवा पैद पल्टू खोल पछोटा नाचा…जोगीरा…सारा…रारा….।

कौन दुल्हनिया डोली जाए कौन दुल्हनिया कार
कवन दुल्हनिया झोंटा नोचे नाम केकर सरकार….जोगीरा…सारा..रारा।

संघ दुल्हनिया डोली जाए कॉरपोरेट भरि कार
धरम दुल्हनिया झोंटा नोचे बउरहिया सरकार….जोगीरा…सारा…रारा..।

चीनी चाउर महंग भइल महंग भइल पिसान
मनरेगा के कारड लेके चाट सांझ बिहान….जोगीरा…सारा…रारा..।

का करब अमेरिका जाके का करब जापान
एमडीएच के खिचड़ी खा के हो जा पहलवान….जोगीरा…सारा…रारा….।

एक रुपेेया में चार चवन्नी चारो काटे कान
बुलेट ट्रेन में देश चढ़ल बा परिधानी परधान….जोगीरा…सारा…रारा…।

कवन देश में लोहा जाई कवन देश अलमुनिया
कवन देश में डंडा बाजी कवन देश हरमुनिया….जोगीरा सारा रारा।

चीन देश में लोहा जाई अमेरिका अलमुनिया
नियामगिरी में डंडा बाजी संसद में हरमुनिया….जोगीरा सारा…रारा…।

केकरे खातिर पान बनल बा केकरे खातिर बांस
केकरे खातिर पूआ पुड़ी केकर सत्यानाश….जोगीरा सारा रारा…।
नेतवन खातिर पान बनल बा पब्लिक खातिर बांस
अफसर काटें पूआ पुड़ी सिस्टम सत्यानाश….जोगीरा सारा रारा….।

Chirag
Trying to connect you from almost all the hottest news of Bihar and the reason behind this is to ensure the proper awareness of all of the citizen.
So say AaoBihar

Comments

comments